आयरलैंड से मिलल भारत के शर्मनाक हार


इपोह, 09 मार्च (वार्ता). आजु 27वाँ सुल्तान अजलान शाह कप हॉकी टूर्नामेंट के फाइनल में अपना सगरी उमीदन के जिएवले राखेला जरुरत रहल आयरलैंड का खिलाफ एगो बड़हन जीत के. बाकिर भइल उलुटा. शुक का दिने आयरलैंड से ओकरा 2-3 से मिलल हार के सवाद चिखे के पड़ल.

अपना पिछला मैच में भारत मेजबान मलेशिया को 5-1 से रौंद के उमीद जतवले रहुवे बाकिर आयरलैंड आजु का एह मुकाबला में शानदार वापसी करत भारत के उम्मीदन के तूड़ दिहलसि.

पांच मैचों में भारत के आजु ऊ तिसरका हार रहुवे. आ अब ओकरा खाता में महज 4 अंक का साथे भारत अब नीचे से दुसरका जगहा पर आ गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *