आरा महाराजा कालेज में गुण्डागर्दी

बुध का दिने महाराजा कालेज में विद्यार्थियन के गुंडागर्दी देखे के मिलल जब कुछ लड़िका प्राचार्य कक्ष पर ढेला पत्थर चला के शीश तूड़ले, शेड उखड़ले, कुर्सी तूड़ दिहले आ आल्मारी तूड़े के कोशिश कइले.

जगड़ा शुरू भइल जब सबेरे दाखिला खातिर फार्म जमा करावे चहुँपल विद्यार्थियन के इलाहाबाद बैंक के काउंटर पर चालान जमा करावे में समय लागे लागल. शिकायत इहो रहल कि सभका से बाइस गो रुपिया अधिका लिहल जात बा. ओकरा बाद लड़िका बवाल काटल शुरू क दिहलें जवन पुलिस का चहुँपला का बादे काबू में आइल आ नामांकन के काम फेरू शुरू हो सकल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।