आरा में एगो पुजारी के गोली मार के हत्या

आरा के अगिआँव बाजार इलाका के पोटरो गाँव के पुरनका मठिया में सोमार का रात चोर घुस के राम जानकी आ लक्ष्मण के बेशकीमती मूर्ति उखाड़ ले गइले. सबेरे पुजारी के लाश छत पर मिलल. अंदाजा लगावल जात बा कि चोरन के देख पुजारी हल्ला करे के कोशिश कइलन त चोर उनकर जम के पिटाई कइलन आ जान बचावे खातिर पुजारी छत पर भगले त पीछे पीछे चोरो छत पर आ के उनका माथ में गोली मार दिहलें.
पुलिस मामिला के तफतीश में लागल बिया बाकिर चोरी के कवनो सुराग नइखे मिलत.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..