आस्ट्रेलिया से मोहाली में भारत हारल आ कुछ अउरिओ छूटल फटकल खबर
  • मोहाली एकदिना में आस्ट्रेलिया वसीय 4 विकेट से जीत गइल. हार के जिम्मेदार इशांत के गेंदबाजी जे एक ओवर में तीस रन दे दिहले. पांच हजार रन बनावे वाला भारत के तिसरका कप्तान धोनी के शतक कामे ना आइल.
  • आजमगढ़ में जहरीला शराब पीयला से मरे वालन के गिनिती 39 चहुँपल.
  • प्रधानमंत्री कार्यालय कोयला खदान आंवटन मामिला में बिड़ला के कंपनी कोयला ब्लॉक दिहला के जायज ठहरवलसि.
  • मालदीव में राष्ट्रपति चुनाव रद्द क दीहल गइल. मालदीव पुलिस एह फैसला के सही ठहरवलसि. राजनीतिक गतिरोध का बीच भइल फैसला.
  • अतवार का दिने प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह पांच दिन के विदेश यात्रा पर चीन आ रूस जइहें.

0 Comments