इलाहाबाद में बोरा में बन्द लाश मिलला से सनसनी

(प्रतीक फोटो)


इलाहाबाद, 25 अप्रैल (वार्ता). इलाहाबाद के हंड़िया कोतवाली इलाका में आजु एगो बोरा में बन्द लाश मिलला से सनसनी पसर गइल.
पुलिस से मालूम भइल कि सैदाबाद चौकी इलाका के महुआ चेरिया गाँव का लगे सड़क किनारे बोरा में बन्द लाश होखे के अनेसा से लोग पुलिस के खबर कइल. एकरा बाद पुलिस चहुँपल आ लाश बरामद कइलसि.
लाश करीब 40 बरीस के उमिर के आदमी के ह आ ऊ क्रीम कलर के शर्ट आ करिया पैंट पहरले रहुवे. पुलिस के लगात बा कि कहीं अउर ओकर हत्या क के ओकरा के एहिजा फेंकल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।