उत्तरप्रदेश से चार जने प्रदेश भाजपा के उपर राखल गइलें
-

साल २०१२ में होखे वाला उत्तरप्रदेश विधानसभा चुनाव के नजर में राखत भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन गडकरी राजनाथ सिंह, कलराज मिश्र, विनय कटियार, आ मुख्तार अब्बास नकवी के प्रदेश बाजपा से उपर राख दिहले बाड़न. ओह लोग के जिम्मेदारी दिहल गइल बा कि पूरा ध्यान प्रदेश पर देव लोग. साथ में सह संगठन मंत्री सौदान सिंहो के विशेष जिम्मा दिहल गइल बा. चारो जने जल्दिये पूरा प्रदेश के दौरा करी लोग आ फरवरी ले हर विधानसभा सीट से, ५० गो खास सीटन के छोड़ के, उम्मीदवार तय करीहें. एहसे उम्मीदवारन के पूरा समय मिली आपन प्रचार करे के आ जीत के योजना बनावे के. अलगा बाति बा कि विरोधियनो के पूरा मौका मिल जाई टंगड़ी खींचे के.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts