उत्तर प्रदेश के खबर, बियफे 1 सितम्बर का दिने
  • उत्तर प्रदेश के बहराइच जिला में बलात्कार के विरोध करे वाली लड़िकी के तीन गो गुण्डा आग लगा दिहले सँ. 80 फीसदी से बेसी जरल लड़िकी के गभीर हाल में अस्पताल में भरती करावल बा. एगो आरोपी पकड़ा गइल बा.
  • दू साल पहिले भारत में गैरकानूनी रूप से घुसला का आरोप में गिरफ्तार एगो चीनी नागरिक बियफे का दिने चन्दौली में अरुणाचल प्रदेश पुलिस का हिरासत से चलत रेलगाड़ी से कूदके फरार हो गइल.
  • उत्तर प्रदेश सरकार ग्रेटर नोएडा के भट्टा-पारसौल में भइल घटना के जाँच सीबी-सीआईडी से करावे के आदेश दिहले बिया.
  • आईआईएम लखनऊ वैश्विक व्यापारिक शिक्षा में शोध के बढ़ावा देबे खातिर एगो अमेरिकी विश्वविद्यालय का साथ समझौता कइले बा.
  • उत्तर प्रदेश के मायावती सरकार पर बाढ़ पीड़ितन के अनदेखी करे के आरोप लगावत भाजपा कहले बिया कि राहत राशि में मंत्री आ अधिकारी जमके भठियरपन करे में लागल बाड़े.
  • उत्तर प्रदेश के बांदा जिला में बियफे का दिने पुलिस मुठभेड़ में कम से कम 15 मामिला में खोजात एगो अपराधी मारल गइल बाकिर ओकर तीन गो साथी भाग निकलले सँ.
  • उत्तर प्रदेश के बरेली जिला में एगो होटल से दिल्ली पुलिस के एगो हवलदार के लाश मिलल बा. मामिला संदिग्ध बतावल जात बा. पुलिस जांच में लागल बिया.
  • प्रदेश के सरकारी कॉलेजन में संविदा पर बहाल शिक्षकन के सेवा नियमित कर दिहल जाए खातिर आदेश जारी हो गइल बा. बतावल जात बा कि एह से प्रदेश के एक सौ छत्तीस कॉलेजन में बहाल पाँच सौ से बेसी संविदा शिक्षकन के फायदा होई.
  • वरिष्ठ पुलिस अधिकारी आर के तिवारी काल्हु प्रदेश के पुलिस महानिदेशक के कार्यभार सम्हार लिहले. काल्हु करमवीर सिंह पुलिस महानिदेशक का पद से रिटायर हो गइले. आर के तिवारी एके महीना खातिर पुलिस महानिदेशक बनावल गइल बाड़े काहे कि उहो तीस सितम्बर के रिटायर हो जइहन.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..