उत्तर प्रदेश नइखे चाहत कि मेडिकल प्रवेश परीक्षा पूरा देश खातिर एके होखे

पूरा देश खातिर मेडिकल प्रवेश परीक्षा एकही करे के मेडिकल काउन्सिल के प्रयास का खिलाफ तमिलनाडू त रहले रहे अब उत्तरो प्रदेश सामने आ गइल बा. करुणानिधि त कांग्रेस खातिर करुणानिधान से कम ना हउवें एहसे केन्द्र सरकार उनुकर बाति मानि के मेडिकल काउन्सिल के प्रस्ताव ठुकरावे के फैसला ले लिहलसि. यूपी सरकार यूपी के मेडिकल प्रवेश परीक्षा अलग से आयोजित करावे के योजना पर काम शुरु कर दिहले बिया. तीन गो मेडिकल कालेज के नाम राज्यपाल का लगे भेजल गइल बा आ ऊ ओहमें से कवनो एगो मेडिकल कॉलेज के ई परीक्षा आयोजित करावे के जिम्मेदारी दे दीहन. यूपी सरकार के कहना बा कि ओकरा परीक्षा के सवाल हिन्दी आ अँगरेजी दुनु में रहेला. जबकि सार्वदेशिक परीक्षा के सवाल खाली अंगरेजी में रही. युपी के शिक्षा व्यवस्था अंगरेजी के हालत त बिगाड़िये दिहले बा, बहुते विद्यार्थी सही सही हिन्दीओ बोल लिख ना सकस.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..