उनकर घर ह जब चाहे आ सकेली

भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी कहले बाड़न कि उमा भारती जब चाहसु भाजपा में आ सकेली. उनका अइला पर कवनो रोक नइखे. बाकिर अबहीं ऊ अपना स्वास्थ्य समस्या का चलते नइखी आवत. पिछला कई महीना से उमा भ अइली, तब अइली के कयास लगावत जात रहल बा बाकिर अबही ले उमा नइखी लवटल. वइसे हालही में उमा भारती कहले रहली कि ऊ भाजपा में लवटे नइखी जात आ सब कुछ अफवाह बा.

0 Comments