एके दिन तीन गो फिलिमन के रिलीज से रिंकू घोष का नामे एगो अउर रिकार्ड बनल

RinkuGhosh-itemसिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष पिछला शुक के एगो नया रिकार्ड बनवली. भोजपुरी के ऊ पहिला अदाकारा बन गइली जिनकर तीन गो फिलिम एके साथ रिलीज भइल होखे. ई फिलिम रहली सँ अजय देवगन के साथे रिंकू घोष के हिंदी फिल्म ‘हिम्मतवाला’, भोजपुरी क मल्टी स्टारर ‘गंगा जमुना सरस्वती’ आ ‘साली बड़ी सतावेली’.

अजय देवगन अभिनीत ‘हिम्मतवाला’ में एगो गाना में रिंकू घोष शामिल बाड़ी त ‘गंगा जमुना सरस्वती’ में मेगा स्टार मनोज तिवारी के नायिका, तिसरकी फिलिम ‘साली बड़ी सतावेली’ में रिंकू के नायक बाड़न सुपर स्टार रवि किशन. ई तीनो फिलिम बिहार में एके दिन रिलीज भइली सँ आ रिंकू घोष के जलवा हर तरफ देखे के मिलल. ‘हिम्मतवाला’ में अभिनेत्री सोनाक्षी सिन्हा के आइटम नम्बर के बाद निर्देशक साजिद खान एगो अउरी आइटम सांग डलववलन. ‘धोखा….’ नाम के एह आइटम सांग में देश के पांच गो इलाका के इलाकाई अभिनेत्री शामिल भइली आ अजय देवगन संगे ठुमका लगवली.


(शशिकांत सिंह)

1 Comment

  1. Sonu Sudhakar

    God bless you

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *