एक्शन आ एंटरटेनमेंट से लबरेज फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’
-

सुनीला मिश्रा के प्रस्तुति, दुर्गा फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘लड़ब मरते दम तक’ के शूटिंग के शेड्यूल हाल ही में पनवेल के सुर्वे फार्म में पूरा भइल. करीब अस्सी फीसदी शूटिंग पूरा हो गइल बा.

एह फिलिम के निर्माता संजय कुमार मिश्रा, निर्देशक जीत चटर्जी आ लेखक के. मनोज सिंह हउवें. संगीतकार लाल सिन्हा, गीतकार अरविन्द तिवारी, बिपिन बहार, फणीन्द्र राव अउर अशोक मिश्रा, एक्शन गुरु हीरा यादव, कोरियोग्राफर संजय कोर्वे आ कैमरामैन श्यामल चक्रवर्ती हउवें. कलाकारन में विराज भट्ट, शुभम तिवारी, सुप्रेरणा सिंह, सीमा सिंह, सुदेश कौल, दीपक सिन्हा, उमाकांत राय, अनुपमा श्रीवास्तव वगैरह शामिल बाड़ें.

फिलिम का बारे में बतावत निर्माता संजय कुमार मिश्रा के कहना बा कि एह फिलिम में एगो आइटम गर्ल के जिनिगी में आइल उतार चढ़ाव देखावल गइल बा. उमेद जतवलें कि एह एक्शन म्यूजिकल आ एंटरटेनमेंट से लबरेज फिलिम के हर वर्ग के दर्शक पसंद करीहें.


(समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts