एगो नया ढंग के डांस रियलिटी शो

भोजपुरी के मनोरंजक चैनल महुआ टीवी डांसिंग के शो में एगो नया कान्सेप्ट का साथ पेश करे जा रहल बा नाच नचईया धूम मचईया. एह शो के खासियत रही कि भोजपुरी सिनेमा के दस गो अदाकारा अपना खातिर डांस पार्टनर चुनीहें आ ओह पार्टनर का साथे एह शो में शामिल होखीहें. दस गो अदाकारा में शामिल बाड़ी स्टार अदाकारा रिकुं घोष, अक्षरा सिंह, गुंजन पंत, स्मृति सिन्हा, उर्वशी चैधरी, संगीता तिवारी, क्रिशा खण्डेलवाल, लवी रोहतगी, मिस जम्मू अनारा गुप्ता आ आयटम गर्ल सीमा सिंह.

एह दस गो तारिका लोग के डांसिंग पार्टनर खातिर २९ जुलाई से आडिशन शुरू हो गइल बा. बिहार आ यूपी के अलग अलग शहर में जा के ई तारिका लोग आपन डाँस पार्टनर चुनी जे आम जनता में से होखी. एह डांसिंग शो के हॉस्ट करे जा रहल बाड़न भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन.

रवि किशन के कहना बा कि ‘‘नाच नचईया धूम मचईया’’ आम डांस रियलिटी शो से हटके होखी जवना में बिहार, उत्तर प्रदेश के आम प्रतिभाशाली लडिकन के आपन प्रतिभा देखावे खातिर एगो नया मंच मिली.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त आ उदय भगत)

1 Comment

  1. shivam kumar karn

    Thanks all the mahua team and all the actress and mr. ravi kishan jee this is the best program of mahua tv.