करण जौहर क पसंद आइल रवि किशन के भोजपुरी गाना

फिल्म दबंग में सलमान खान

हिंदी फिफिलिमन के मशहूर सुप्रसिद्ध निर्माता निर्देशक करण जौहर भोजपुरीओ गाना के शौक़ीन हउवें खासकर के ओह गीतन के जवना के रवि किशन पर फिल्मावल गइल होखे. करण जौहर एह बात के खुलासा कइलन कलर्स टीवी के शो “झलक दिखला जा में” जवन पिचला शनिचर आ अतवार के देखावल गइल.

एह एपिसोड में रवि किशन के दबंग के गाना पर दिहल पर्फोमेंस का बाद करण जौहर रवि किशन के बहुते तारीफ कइलन आ कहलन कि उनुका भोजपुरी फिलिमन के गाना बहुते पसंद बा खासकर के रवि किशन पर फिल्मावल कुछ गाना. ओकरा बाद ऊ रवि किशन से निहोरा कइलन कि ऊ उनका फेवरेट गाना “तोहार लहंगा उठा देब रिमोट से” पर परफोर्म करसु. रवि किशन तब ठेठ भोजपुरिया अंदाज़ में ओह गाना पर ठुमका लगवलें.

रवि किशन के कहना बा कि करण जौहर जइसन निर्माता निर्देशक अगर भोजपुरी गाना पसंद करेलें त ई बिना शक भोजपुरी ला शुभ संकेत बा.


(उदय भगत के रिपोर्ट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।