कांग्रेस के चुनाव चिह्न जब्त करे के माँग कइलसि भाजपा
-

नयी दिल्ली 28 अक्टूबर (वार्ता) कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी पर वोट ला धर्म आ संप्रदाय के आधार पर बांटे के आरोप लगावत भाजपा चुनाव आयोग से कांग्रेस के मान्यता रद्द करे आ ओकर चुनाव चिह्न जब्त करे के मांग कइले बिया.

एह बाबत भाजपा उपाध्यक्ष मुख्तार अब्बास नकवी के नेतृत्व मे पार्टी के पांच सदस्य वाला एगो शिष्टमंडल मुख्य चुनाव आयुक्त वी एस संपत्त से मुलाकात कइलसि आ कांग्रेस के मान्यता खतम करे आ ओकर चुनाव चिह्न जब्त करे के माँग कइलसि. भाजपा के कहना बा कि राहुल गांधी वोट खातिर लोग के धर्म आ संप्रदाय के आधार पर बांटे के कोशिश करत बाड़न.

नकवी के कहना रहे कि राहुल दिग्विजय सिंह ना हउवन. उ त अपना पार्टी के स्टार कैपेनर आ बड़ नेता हउवन. उनका एह तरह के बयान ना देबे के चाहीं.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..