कांग्रेस के दुगुना मिली, लालू पासवान अधिया होइहें

बिहार विधानसभा चुनाव के एगो ओपिनियन पोल में बतावल गइल बा कि अबकी का चुनाव में कांग्रेस के पिछली बेर से दुगुनो से बेसी सीट मिली. ओहिजे लालू पासवान के पिछला बेर से करीब अधिया. पिछलका चुनाव में कांग्रेस के ९ गो सीट मिलल रहुवे आ लालू पासवान के ६४ गो. अबकी कांग्रेस के २२ गो ले मिल सकेला आ लालू पासवान चँउतीसे पर समेटा जइहन.

ई ओपिनियन पोल स्टार न्यूज चैनल खातिर ए॰सी॰नेल्सन करवले बाड़े. करीब बाइस हजार लोगन से कइल गइल एह सर्वे में इहो नतीजा निकलल बा कि अबकी जाति कवनो मुद्दा ना रही आ मतदाता जाति के ना उम्मीदवार के पार्टी के वोट दीहें जे विकास के बात करी.
पूरा खबर टटका खबर पर
कांग्रेस के दुगुना मिली, लालू पासवान अधिया होइहें

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..