का पाक रहल बा अजय गुंजन का बीचे
-


भोजपुरी के सफलतम अभिनेत्री गुंजन कपूर आ एक्शन स्टार अजय दीक्षित का बीच आजुकाल्हु कुछ ना कुछ त ज़रूरे पाक रहल बा. ना त “पापी के पाप काहे गंगा धोए” का सेट पर पूरा यूनिट का बीचे गुंजन अजय के वइसन तारीफ ना करती जइसन करे के आदत नइखे गुंजन कपूर के. रउरो सोचत होखब कि का खेल हो रहल बा त बता देत बानी कि “बेटवा बाहुबली” जइसन हिट फिल्म से अपना कैरियर के शुरु करे वाला अजय दीक्षित “पापी के पाप काहे …” फिल्म में गुंजन कपूर का साथ रोमांटिक जोड़ी का किरदार में बाड़े. फिल्म डा॰ पी॰एन॰सिंह फिल्म्स का बैनर तले बन रहल बा आ ब्रजभूषण एकरा के निर्देशित करत बाड़े. बतावल जात बा कि एह दुनु कलाकारन के बीच के केमिस्ट्री अतना बढ़िया बा कि सगरी सीन फटाफट पूरा होत गइल. यूनिट के बुझाइल जइसे ऊ शूटिंग ना देख के कवनो रियल जिनिगी के सीन देख रहल बा. ई जोड़ी ब्रजभूषण का निर्देशन में बनत दू गो अउरी फिल्म में बावे. एगो फिल्म “छोड़ शहर के सपन सुनहरा” के स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग जल्दिये शुरु होखे जा रहल बा. खुद निर्देशक ब्रजभूषण के कहना बा कि ई जोड़ी परदा पर बहुते मैच करत बा. गुडलक एह हिट जोड़ी को ….


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts