किताबि आ पत्रिका के परिचय – 9

मुट्ठी भर भोर

” मुट्ठी भर भोर ” डॉ. अरुणमोहन भारवि के भोजपुरी कहानी संकलन हटे, जवना के प्रकाशन सन् 2013 में अरुणोदय प्रकाशन, आर्य आवास, भारतीय स्टेट बैंक (मुख्य शाखा) के सामने, बक्सर- 802101 (बिहार) से भइल बा. एकर कीमत 300 रुपया बाटे आ 120 गो पन्ना बा.

एह कहानी संकलन में 24 गो कहानी आ लघुकथा के संकलन बा. भारवि जी वरिष्ठ कहानीकार हईं. इहाँ के कहानियन में सृजनात्मक क्षमता आउर किस्सागोई के बेहतर रूप के दर्शन होला.

प्रोफेसर शिवमंगल राय के कहनाम बा कि ई संकलन हमनी के एह सच्चाई से जोड़ता कि भोजपुरी कहानियो में अब ऊ कलात्मक संयम आ गइल बा जेसे विचार संवेदना में आ संवेदना विचार के एकरूपता नजर आ सको.

(“मुट्ठी भर भोर” से)

बिश्वास का सङे कहल जा सकऽता कि एह किताबि के पाठक वर्ग का बीचे लोकप्रियता जरूर मिली.

– डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

rmishravimal@gmail.com

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।