केकरा ला धड़कऽता रानी क दिल

कमालिस्तान स्टूडियो के गार्डेन में पिछला हफ्ता भोजपुरी फिलिमन के चर्चित अभिनेत्री रानी चटर्जी “धड्केला तोहरे नावे करेजवा” गुनगुनात नवोदित अभिनेता विजय वर्मा के आगा पीछा दउड़त रही. आजुकाल्हु ऊ विजय वर्मा का प्यार में पागल बाड़ी. स्टूडियो में शूटिंग के त बहाना रहे. ऊ विजय के अंकवारी में लेके प्रेमालाप करेला बेताब रहली. विजय वर्मा अपना से बहुते उमिरगर रानी से प्यार करे का पक्ष में नइखन आ रानी के देखते घबड़ा जालें आ बहुते असहज हो जालें आ रानी बाड़ी कि ….

जबसे ई फिलिम शुरू भइल बा रानी विजय के आपन दिल दे दिहले बाड़ी. ओह दिन जब विजय वर्मा उनुका पकड़ में अइलें त रानी अपना भावना के रोक ना पवली ताबड़तोड़ यूनिट क सोझ ही चुम्मा के बरसात कर दिहली. कोरिओग्राफर कानूओ मुखर्जी ई देख के हैरान रहलें काहे कि ई सीन शूटिंग क हिस्सा ना रहल.

दिनेश लाल यादव के निर्देशन में बनत एह फिल्म के निर्माण पूरा हो गइल बा आ एके जल्दिए रिलीज कइल जाई. विजय वर्मा के एही फिलिम से परदा पर उतारल जात बा. फिल्म में रानी चटर्जी उनकर नायिका बाड़ी.


(इरफ़ान मुम्बईवाला के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।