केन्द्र का लगे भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता ला दिल्ली सरकार प्रस्ताव भेजी

AjitDubey-SheilaDixitभोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दुबे के मैथिली-भोजपुरी अकादमी के उपाध्यक्ष बनवला खातिर दिल्ली के मैथिली आ भोजपुरी भाषी आ पूर्वांचल के अनेके संस्था के पदाधिकारी दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित से उनका आवास पर भेट कर के आपन आभार जतवलें.

अजीत दुबे कहलन कि शीला जी हमेशा पूर्वांचलवासियन के मान-सम्मान बढवले बाड़ी आ एही चलते भोजपुरिया जनमानस उनुका से निहोरा करत बा कि दुनिया के करोड़ो लोग के भाषा आ पूर्वांचल के सबले बड़की भाषा भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता, जवना ला केंद्र सरकार सैद्धांतिक रूप से मन बना चुकल बिया, खातिर दिल्लीओ सरकार केंद्र से निहोरा करे. मुख्यमंत्री भरोसा दिहली कि एह बाबत एगो प्रस्ताव पास कर के केंन्द्र का लगे भेजल जाई. साथही आश्वस्त कइली कि अकादमी के सांस्कृतिक गतिविधियन ला धन के कमी ना होखे दिहल जाई. मुख्यमंत्री के संसदीय सचिव आ विधायक मुकेश शर्मा दिल्ली के विकास में पूर्वांचलियन के मजगर भूमिका देखत एह लोग के अगिला चुनाव में पर्याप्त टिकट देबे के गोहार लगवले.

एह मौक पर अकादमी के संस्थापक उपाध्यक्ष अनिल मिश्रा, दिल्ली कांग्रेस पूर्वांचल प्रकोष्ठ के अध्यक्ष शिवाराम पाण्डेय, निगम पार्षद सत्येन्द्र राणा, पूर्वांचल एकता मंच के संरक्षक हरेन्द्र प्रताप सिंह, पूर्वांचल जनहित मोर्चा के अध्यक्ष श्रीकांत यादव, एन एस यू आई दिल्ली प्रदेश सचिव आकाशदीप आ संजय पोद्दार, कांग्रेस नेता दीपक अरोडा, वीर कुंवर सिंह फाउण्डेशन के अध्यक्ष निर्मल सिंह, भोजपुरी समाज दिल्ली के उपाध्यक्ष प्रदीप पाण्डेय, मेजर बी. के. सिंह आ लल्लन तिवारी अउर संयोजक विनयमणि त्रिपाठी, सांस्कृतिक मंत्री वी. के. सिंह, मंत्री जितेन्द्र तिवारी, राकेश परमार, अजीत पाण्डेय, कार्यालय मंत्री देवकान्त पाण्डेय आ अउरी पदाधिकारी, पत्रिका भोजपुरी पंचायत के संपादक कुलदीप श्रीवास्तव, राजधानी कॉलेज के अध्यक्ष नीरज मिश्रा आ सत्यवती कॉलेज के अध्यक्ष रविशंकर अउर अनेके पत्रकार आ बुद्धिजीवी मौजूद रहलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *