'कोठा' ला अनुबंधित भइली गुंजन पन्त

सुपर हिट आ हैट्रिक फिलिमन क हिरोइन गुंजन पन्त एह साल भोजपुरी फिलिमन में खूब व्यस्त बाड़ी. जहाँ उनुकर अनेके फिलिम रिलीज ला तइयार बा ओहिजे ऊ कईएक फिलिमन के लगातार शूटिंगो करत बाड़ी.

सूर्य कान्त निराला अउर सुरेश कुमार मरिक के बनावल आ चुनमुन पंडित निर्देशित फ़िलिम ‘धूम मचईला राजाजी’ जल्दिए रिलीह होखे वाली बा. निर्देशक चुनमुने पंडित क तिसरकी फिलिम ‘जान मारे ओढ़निया तोहार’ के पिछला दिने मुहूर्त भइल आ एहु फिलिम में बतौर नायिका मौजूद बाड़ी गुंजन पन्त जे तिसरी बेर चुनमुन पंडित के निर्देशन में अभिनय करे जात बाड़ी.

एकरा अलावा अब गुंजन पंत के ‘बाबा का दलान’ बैनर तले बने जात भोजपुरी फ़िल्म “कोठा” में मुख्य नायिका ला निर्देशक मनोज श्रीपति झा अनुबंधित कइले बाड़न. ई फिलिम कोठन पर त्रासदी भरल ज़िनगी गुजारत औरतन का जिनिगी पर आधारित बा जिनका के लोग सिर्फ अपना मनोरंजन के साधन समुझेलें.

गीतकार प्यारेलाल यादव, राजेश मिश्रा अउर अशोक सिन्हा आ संगीतकार हउवें धनंजय मिश्रा. मुख्य भूमिकन में गुंजन पन्त क अलावे रिंकू घोष आ आनंद मोहन के नाम तय बा. बाकी कलाकारन के चुनल जात बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।