कोलकाता मेल

– भोजपुरिया भईया

गरमी से कोलकाता परेशान बाटे… अउर परेशानी त तब बढ़ जाला जब केकेआर हार जाला… खैर कहे वाला कह रहल बा कि आईपीएल के हर मैच… खरीदल बेचल जा रहल बा… का ललित अंकल ई हम का सुन रहल बानी? खैर दादा इज दादा… अरे तुमसे बढ़कर दुनिया में न देखा कोई और… एकरा आगे कुछ कहींऽऽ कि रऊआ समुझ चुकल बानी?

लास्ट सेवन डेज में काफी कुछ देखे के मिलल… अरे का का बताई भाई… आपन कोलकाता वाकई निराला हऽ… एइजा के जनता कब का करी… केहू ना कह सकेऽऽ. अब ईएमबाइपासे में हास्पीटल काण्डे के ले लऽ… कवनो लंका काण्ड से कम थोड़ही रहे? तोड़ फोड़ो बड़ा फिल्मी स्टाइल में भइल रहे… साँच कहऽ त एह पब्लिक ताण्डव खातिर गर्मिये रिस्पान्सिबल बा…

अरे भाई, भरल दुपहरिया में त हमरा… अइसन लागेला कि ई कलकत्ता न हऽ बलुक छपरा हऽ… वाह का लू चल रहल बिया. गरम हवा… एकरो एगो अलगे मजा बाटे… मजा आईपीएलो में अब खतम बाटे… नो केकेआर… .मतलब नो आईपीएल…

आजुकाल्हु कलकत्ता में दस रुपिया का नीचे नारियलो पानी नइखे मिलत… आ जवन मिलऽता… ओकरा के पी के… मन नइखे भरत. सोचऽतानी खीरा खा के तनी गरमी से राहत मिली… बाकिर खीरो अब जेब पर भअरी पड़ऽता…

हर इलाका… हर मुहल्ला… में हमार आना जाना लागल रहेला… कुछ दिन पहिले बेहाला इलाका में गइल रहनी… साँझ छह से सात के बीच के टाइम रहे… आदमी आफिस से घर लवट रहल बाटे… दिन भर के थकल हारल… इंसान घरे पहुँच के शांति ढूंढ़ेला… बाकिर रोडसाइड पालिटिकल मीटिंग… शांति से रहे दी तब न… चुनाव में ज्यादा दिन नइखे… लाउड स्पीकर के जोरजोर से बाजल शुरु हो गइल बाटे.

आजकल हमार नजर शहर के सफाई क ऊपर कुछ जादही पड़ रहल बा… महात्मा गाँधी रोड मेट्रो स्टेशन से सन्मार्ग वाली फुटपाथ पकड़ के हम सेन्ट्रल मेट्रो स्टेशन का ओर जात रहनी… अब का बताईं… फुटपाथ पर चलल बड़ा डिफिकल्ट बाटे… गंदगी त छोड़ दीं… दोकान के त पुछीं मत… केहू घुघुनि पावरोटी बेचऽता… त केहू डायरी… केहू पुरान कैसेट बेचऽता… का नइखे बेचात? मेडिकल हास्पीटल का पास त खायेपिये के दोकानन के मेला लागेला… वोइजा से चल के निकलल माने स्पेस में राकेट छोड़ल एकही बात हऽ… फुटपाथ चले खातिर हऽ आ कि दुकान लगा के बिजेनस चलावे खातिर ई त पता लगावे के पड़ी…

खैर… अब हम का पता लगाईं… कई महीना से हम ई पता लगावे में लागल बानी कि डुप्लीकेट सर्टिफिकेट के प्रिंटिंग कहाँ होखेले? एगो खबर मिलल बा… कि बैरकपुर मे एगो टीचर बाड़न… उनकाकिहां एह तरह के न्यूज रहेला.

आजकल त ओहि आदमी के पूछ बा… जे ई बता सकी कि कोलकाता म्युनिसिपल कार्पोरेशन के इलेक्शन में केकरा कहाँ सीट मिली… खबर त इहो मिल रहल बिया कि कुछ कुछ लोग तीस तीस लाख रुपिया ले के तइयार बा… कि टिकट मिली आ पइसा ढालब अउर जीत जाईब… ई सुन के हमरा ई ना बुझाला… कि आपन केएमसी फुचका वालन प तनी कड़ाई काहे नइखे करत? ना ना… हमार मतलब बस इहे बा कि फुचका वालन के तनी साफ सफाई क बारे में बतला दिहल जाव… अरे भाई सफाई से घूस खा भा फुचला दुनुहजम हो जाई…

चलीं अब हमहूं जाईं… अगिला हफ्ता फेर मिलब… चलते चलते… हम हैं राही प्यार के… भोजपुरिया भईया कहतारन… सबके टाटा बाय वाय…


bhojpuriyabhaiya@gmail.com

0 Comments