कोलकाता मेल

भोजपुरिया भईया

केकेआर सेमीफाइनल में ना पहुँच सकल… एकर दुख त बड़लही बाटे, उपर से आईपीएल में घपला… मन बड़ा परेशान बाटे… अब का बताईं ललित भईया का बारे में… हम कुछ अलगे ओपिनियन राखत रहीं… सब माटी में मिल गइल… खैर अब अगिला साल से हम आईपीएल में दिल ना लगाइब.

बाकिर ई दिलो बड़ा डेंजरस आयटम हऽ… कब चांस पे डांस करे लागी… ई केहू ना बता सके. आज कल गर्मी का वजह से अम्ब्रेला बेचे वाला भाई लोग बड़ा खुश बा. फैन्सी मार्केट में… अम्ब्रेला बेचे वाला एक भाई से पता चलल कि बैंकाक से आइल रंगीन अम्ब्रेला के बहुत डिमांड बा. जब बात फैंसी मार्केट के चलल बाटे त लगे हाथ इहो बता दीं… कि वोइजा के पार्किंग सिस्टम के हाल बड़ा बुरा बा… अब ई सिस्टम पर केकर नजर बा… हम ई पता लगावे में जुटल बानी… फैन्सी मार्केट के सामने एगो भईया चना मसाला अउर दहीबड़ा के खोमचा लगावेलन… जवन सामान बेचेलन ओकर टेस्ट त बढ़िया बा… बाकिर ऊ पेट खाति कतना सही बा… ई त ऊपरे वाला बता पइहें… अब का बताईं… अतना ओपन में… शार्ट कट में कहीं त ओह दहीबड़ा का साथ में पेट में धुरो जाला… वइसहूं केएमसी के इलेक्शन सामने बा… हमरा का… रउओ सभे के मालूम बा कि अपना देश में इलेक्शन नाम का पूजा से पहिले… मंत्री देवता… वोट देबे वाला भक्तन के एको मिनट खाति अपसेट ना कर सके… अरे भाई… मामिला पाँच साल के बा…

कुछ दिन पहिले हम टालीगंज बाजार गइल रहनी… अब का बताईं… मार्केट के हाल बड़ा खस्ता बाटे… साफ सफाई के त पूछऽ मत… हम जेकरा संगे गइल रहनी, ओकरा से कहनी, ई कवना जगहा ले अइलऽ भाई? त ओकर जवाब रहे… तोहरा के साउथ कोलकाता के रियलहाल देखा रहल बानी… साँच कहीं भईया त… हम लेक मार्केट, गारीहाट मार्केट, बालीगंज बाजार… सगरी घुम के देख लिहनी… अनइस बीस के फर्क बाटे… साफ सफाई पर एगो बड़ क्वेश्चन मार्क बा… हम त इ सोचऽतानी
कि… आपन कोलकाता के मार्केट के अइसन हाल काहे बाटे… ई डेली मार्केट काहे साफ ना रहे… खैर ए पर चर्चा कइ के हम राउर टाईम वेस्ट ना करब. वोइसे कुछ कुछ बाजार ठीक बाड़ी सँ. मगर ओकर तादाद कम बाटे…

कुछ दिन पहिले हम न्यू अलीपुर गइल रहनी… त देखनी कि चेटला रोड से सटल इलाका में काफी भीड़ लागल बा… बस हमहूँ पहुँच गइनी भीड़ का पास… पूछनी कि का भइल भाई? त एगो आदमी बतवलसि कि कैरम बोर्ड के लेके झमेला बा… हम कहनी, महाराज तनी डिटेल में बताईं… त पता चलल कि कुछ लइका एगो आदमी का घर का… आई मीन बिल्डिंग… का सोझा कैरम बोर्ड रख के अड्डा जमावे के प्लान बनवले रहे… साँच कहीं त अपनो शहर अलबेला हऽ… छोट छोट मसला पर बड़ बड़ झमेला ढेर होखेला… खैर झमेला से हम दूर रहेनी… लोगन से ई कहेनी कि… भाई लोग तनी दिमाग लगा के काम करऽ… दिल के कवनो भरोसा नइखे… कब का सजेशन दे दी… कवनो ठीक नइखे.

अभी कुछ दिन पहिले के बात हऽ. बेहला के एगो क्लब में बईठल रहनी… त वोइजा एगो मिश्राजी बाड़न… ऊ तिवारी जी से पूछलन, यार कवनो अइसन गिफ्ट बतावऽ जवन तोहार भाभी के दिल पर डायरेक्ट उतर जाय… तिवारी जी तपाक से जवाब दिहलन, ऐ भईया… सीधे गोली मार द… हम कहनी जीय तिवारी भईया… तहार जे तरीका से दिमाग चलऽता तहरा त इलेक्शन लड़े के चाहीं… खैर पता ना अबकी होखे वाला इलेक्शन में का होई… वोइसे रउरा सभे टेंशन मत लीं… हँ… इहे मौका बा… इलाका में अगर कुछ काम करावे के बाटे त कौन्सिलर से कह के करवा लीं… आज हम जादवपुर के एगो क्लब में जाये वाला बानी… अगिला हफ्ता ओहिजे के बात बताइब…

त ठीक से रहीअ भाई लोग… सी यू नेक्स्ट वीक… भोजपुरिया भईया कहऽतारन… टाटा… बाई… बाई… अइसन गर्मी में स्टे कूल… हा… हा… हा…


bhojpuriyabhaiya@gmail.com

0 Comments