कोलकाता मेल

आज त वोट हऽ… बहुत आदमी के किस्मत के फैसला होखे वाला बा… बहुते आदमी टेंशन में बा… बाकिर हम रिलैक्स बानी. जवनो पार्टी के बोर्ड बने ओ से हमार का… हम त सभे का साथ उठे बइठेनी. खैर, वोट प्रचार का दौरान का का ना देखनी… सबसे इम्पारटेंट बात… ई इलेक्शन में हर पार्टी के खर्चा करत देखनी… कबो कबो त हमरा इहो लागे कि कहीं ई एमपी वाली इलेक्शन त ना हियऽ? खैर… फण्ड रहला प का ना हो सके… चेटला रोड के उड़िया चाय वाला भइया बहुते खुश बाड़न. उनकर कहनाम बा कि इ इलेक्शन का वजह से उनकर जतना इन्कम भइल… ओकरा से ऊ एगो मोटर साइकिल कीन लीहें. इ इलेक्शन कैम्पेन का दौरान पइसा त खूब उड़ल,साथ में कीचड़ो खूब उचलल… जवन सफेदधारी के इमेज तनी कलरफुल बना दिहलस.

बड़ा बाजार के स्ट्रीट मीटिंग्स के त हाल मत पुछीं… कई पोलिटिशियन त स्टेज पर अइसन इमोशनल ड्रामा देखावल कि कवनो ड्रामा स्कूल के स्टुडेंट हार जाई लोग. दुर्गा पूजा… आपन बंगाल के सबसे बड़ आ सबसे हिट पूजा ह… बाकिर इ केएमसी चुनाव देख के हमरा इहे लागऽता कि ऊ दिन दूर नइखे… जब वोटोपूजा दुर्गा पूजा नीयन पापुलर हो जाई. आज चुकिं वोट ह, हमार आज कवनो खरचा नइखे… हम त कवनो पार्टी का बूथ पर जा के चाय पी लेब… लंचो हमार फिक्स बा… शाम के नाश्ता आ चायो के इंतजाम कर लेले बानी… वोट खतम होखला का बाद दू चार गो पार्टी आफिस विजिट करे के बा… ओइजा खानोपान हो जाई. हम इ सब रउरा सभे के ए से बतावत बानी कि … रउरो अगर चाहीं त हमार स्टेप फालो कर के आज आपन पाकिट ढीला होखे से बचा सकऽतानी… वोट उत्सव के जय हो, सपोर्टर्स के जय हो… बिना लाजिक के तर्क लगावे वालन के जय हो… इहे नारा बनावे के बा… दिन भर के खरचा निकाले के बा…

खैर, वोट के बात त बहुते भइल, अब तनी नोट के बात कई ली. अरे भाई! अपना देश में नोट आ वोट दुनो के बहुत महत्व बाटे. शहर कोलकाता में कई जगह कुछ आदमी घुमत रहेला आ कहेला… कि फटल पुरान नोट दे द… नया नोट ले ल… हमरा किहां एगो खबर आइल बा कि… इ काम करे वाला कई लोग त नकली नोटो दे देता… भईया तनी सम्हाल के… अनजान पर ढेर भरोसा मत करऽ… अगर रुपिया चेंज करावे के बा त डायरेक्ट बैंके से करावऽ… कवनो अइसन वइसन आदमी से ना… वरना बिना पान खइले चूना चाट लेबे के पड़ी… नोट के बात से एगो बात दिमाग मेंआ गइल… सुने में आइल ह कि अबकी इलेक्शन प्रचार का दौरान भीड़ जुगाड़ करे में इवेन्ट मैनेजमेंट कम्पनीओ पीछे से खूब काम कइली ह सँ… भीड़ जोगाड़ल, दीवाल पर पोस्टर लगावे के कन्ट्रैक्ट… वगैरह… वगैरह… एसएमएसो का जरिये प्रचार भइल ह… भवानीपुर इलाका में त एगो कैन्डिडेट वाल क्लाक, काफी मगो घरे घरे जा के बटलनहऽ… कुछ कुछ इलाका में त… कुछ कुछ लईका पिछला एक महीना से पाड़ा के होटले में खात रहे लोग… ना… ना… अपना पइसा से ना भाई… पार्टी फंड का पइसा से… अंडा तड़का अउर रोटी ज्यादा बिकाइल ह इहे चक्कर में…

आज हम कइसे दिन बितवनी इ हम अगिला संडे के जरुर बताइब… हँ वोट हम देबे जाइब ठीक एक बजे… हमरा खातिर एगो गाड़ी आई… ओहि एसी कार में बइठ के जाये के बा… खैर सभे पार्टी आटो अउर रिक्शा के इन्तजाम कइले बा… यानि पैदल ना जाये के पड़ी… हमरा त कबो कबो इहो लागेला कि … कहीं इ पोलिटिकल पार्टी लोगन खातिर डोली के इंतजाम न कइ दे… जय हो… पार्टी के … इ वोट के चक्कर में हमार नजर एने ओने तनी कम पड़ल हऽ. खैर… आज पड़ी… त चलऽतानी… एगो वार्ड में जाये के बा… वोइजा डोसा आ इडली के इंतजाम बा… अउर हाँ आम पन्नो रही… त का कहींऽ… वोट जरुर दीहऽ… सी यू… टा… टा… वोट उत्सव के जय हो… बाय बाय…

भोजपुरिया भईया
bhojpuriyabhaiya@gmail.com

0 Comments