उमर अब्दुल्ला नइखन चाहत कि भाजपा के लोग श्रीनगर में तिरंगा फहरावसु. कहले बाड़न कि काश्मीर अबहीं शान्त बा त आग लगवला के का जरुरत बा ? साथही कहले बाड़न कि श्रीनगर में तिरंगा फहरवला से अगर कवनो अशांति भइल त ओकर जिम्मेदार तिरंगा फहरावे वाला लोग होखी. भाजपा के युवा मोर्चा श्रीनगर में तिरंगा फहरावे के योजना बनवले बा जवना खातिर कोलकाता से काश्मीर तक के यात्रा पर ओकर कार्यकर्ता निकलल बाड़े. भाजपा के कहना बा कि ऊ कवनो राज्य विशेष में झंडा फहरावे के योजन नइखे बनवले बलुक पूरा देश में तिरंगा फहरावे के बा. दोसरे तिरंगा फहरावे पर कवन आपत्ति हो सकेला. ई त देश के गौरव हऽ आ काश्मीर भारत के अटूट हिस्सा ह. काश्मीर में अलगाववादी बार बार तिरंगा फहरावे के खिलाफत करत आइल बाड़न. ओकनी खातिर मुसलमान काश्मीर पाकिस्तान के हिस्सा होखे के चाहीं हिन्दुस्तान के ना. आ ओहिजा के सरकार अइसनका अलगाववादियन के बाति बेसी मानेलें.
0 Comments