खबर एक नजर में (11 जून 2011)

बाबा रामदेव के जबरिया भरती करावल गइल

करिया धन का खिलाफ खटवास पटवास धइले बाबा रामदेव के तबियत काल्हु खराब हो गइल त उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल आ ग्लूकोज चढ़ा के उनुकर तबियत सुधारल गइल. देह में ग्लूकोज का कमी से ऊ अर्धबेहोशी का हालत में आ गइल रहले. हालांकि अस्पताल में भरती का बावजूद ऊ अपना अनशन पर कायम बाड़न. श्री रविशंकर उनुका से अस्पताल में भेंट कइला का बाद कहलन कि अगर जरुरत पड़ल त ऊ सरकार आ बाबा रामदेव का बीच मध्यस्थता करे के तइयार बाड़न.


वकील बनल अब कठिन बना दिहल गइल

एह साल २४ जुलाई के देश भर में वकालत शुरु करे वाला लोग एगो इम्तिहान दीही जवना में पास भइला का बादे ओह लोग के वकालत करे के इजाजत मिली. एह खातिर २० जून ले आवेदन दिहल जा सकेला. इम्तिहान बार काउन्सिल आफ इण्डिया करा रहल बिया. अबही ले होत इ रहे कि लॉ के परीक्षा पास कइला का बाद बार काउन्सिल से लाइसेंस मिल जात रहे आ तब ऊ आदमी देश के कवनो अदालत में वकालत कर सकत रहे. मार्च में भइल परीक्षा में बिहार से १३२ गो लोग शामिल भइल रहे जवना में दू जने के छोड़ सभे पास कर गइल रहे आ ओह लोग के एह महीना के अंत ले वकालत करे के अधिकार मिल जाई. इम्तिहान में ह विषय के इम्तिहान लिहल जाला जवना में भारतीय संविधान, सिविल कोड, क्रिमिनल कोड, कांट्रेक्ट अधिनियम, कंपनी लॉ वगैरह शामिल रही.


तीन सौ से बेसी पुल के शिलान्यास भइल

काल्हु बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार तीन सौ बारह गो पुल आ कुछ दोसरो परियोजना के शिलान्यास कइले. बिहार राज्य पुल निर्माण निगम के छत्तीसवां समारोह में कई गो पुल के उद्घाटनो कइल गइल. कहलन कि राज्य में तेजी से पुल बनावल जा रहल बाड़ी सँ जवना से कि राज्य के हर भाग में आवाजाही के सहूलियत हो जाव.


यूपी बोर्ड के रिजल्ट में सत्तर फीसदी विद्यार्थी पास

काल्हु जारी उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद के हाईस्कूल के रिजल्ट में सत्तर दशमलव आठदू फीसदी विद्यार्थी पास भइल बाड़े. फैजाबाद के आकाश यादव लड़िकन में पहिला आ लखनऊ के प्रियंका साहू लड़िकियन में पहिला जगह पवले बाड़ी. प्रियंका साहू एगो राजमिस्त्री के बेटी हई आ आगा चल के आईएएस बने के इरादा राखेली.


यूपी बोर्ड परीक्षा २०१२

अगिला साल होखे वाला हाई स्कूल परीक्षा खातिर आवेदन पत्र भरे के अंतिम तारीख बीस अगस्त २०११ घोषित कर दिहल गइल बा, विलम्ब शुल्क का साथ बीस सितम्बर ले जमा कइल जा सकी. व्यक्तिगत परीक्षा देबे वाला लोग खातिर विलम्ब शुल्क का साथे छह सितम्बर आखिरी तारीख रही.


गौरी शंकर राय के ८८वीं जयन्ती

काल्हु बलिया के करनई में पूर्व सांसद आ स्वतंत्रता संग्राम सेनानी स्व॰ गौरीशंकर राय के अट्ठासवीं जयन्ती मनावल गइल जवना में वक्ता लोग उनका व्यक्तित्व आ कृतित्व के याद कइलन. एह समारोह में पूर्वमंत्री अंबिका चौधरी, नारद राय आ रामगोविन्द चौधरी आपन स्मरण सुनवले. कार्क्रम के अध्यक्षता सगीर अहमद कइलन.


शराब दूकान के नया लाइसेंस ना दिहल जाई

बिहार सरकार के मद्य निषेध मंत्री बिजेन्द्र प्रसाद यादव कहले बाड़न कि अब राज्य में नया शराब दुकान ना खोलल जाई. जतना दुकान पहिले से चलल आवत बाड़ी स ओतने रहीहे सँ. कहलन कि सरकार के कोशिश बा कि शराब के जतना महँग कइल जा सको कर दिहल जाव. बतवलन कि देश के दोसरा राज्यन का बनिस्बत प्रतिलाख आबादी पर बिहार में शराब के ठेका कम संख्या में दिहल जाला.


0 Comments