खबर एक नजर में (11 मई 2011)

विधानसभा चुनाव के पूर्वानुमान

काल्हु पाँच गो राज्यन में हो रहल विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर के मतदान रहे जवना के खतम होखते हर बेर का तरह टीवी मीडिया आपन आपन पूर्वानुमान बतावे लगलन. सभकर एक राय बा कि पश्चिम बंगाल में अबकी वामफ्रंट के जोरदार हार के सामना करे के पड़ी आ ओकर विधायकन के संख्या साठ का आसपास सिमट जाई. ईहो अंदाजा लगावल जा रहल बा कि हो सकेला कि ममता के तृणमूल अपने दम पर बहुमत में आ जाव आ कांग्रेस के तब मुँह बावे के मौका ना मिल पाई. तमिलनाडु का बारे में ई एकमत राय पर नइखे चहुँपल. स्टार न्यूज का मुताबिक ओहिजा कड़ा टक्कर बा आ हो सकेला कि करुणानिधि के सरकार बाँच जाव. जबकि बाकी चैनल जयललिता के जीत तय बतावत बाड़े. केरल का बारे में फेर एक राय बा कि ओहिजा यूडीएफ के बहुमत मिल जाई. आसाम का बारे में फेर एक राय नइखे. ओहिजा त्रिशंकु विधानसभा हो सकेला.


यूपी में बिजली कमी के मूल कारण बिजली के चोरी बा

सरकारी आँकड़ा के बात मानल जाव त यूपी में बिजली के माँग आ आपूर्ति के बीच एगारह हजार मिलियन यूनिट सालाना के अंतर बा जबकि गायब बिजली सालाना पन्द्रह हजार मिलियन यूनिट बतावल जा रहल बा. अब सरकार एह कोशिश में बिया कि केहू तरह बिजली के ई बेहिसाब चोरी रोकल जाव आ सही उपभोक्ता तक बिजली चहुँपावल जाव. अलग बाति बा कि बिजली चोरी विभागीय कर्मचारियन का मिलिभगते से होला. कुछ जगहा राजनीतिक दबाव का चलते बिजली चोरन पर कड़ाई ना हो पावे. वइसे बिजली चोरी में बड़का उद्योग आ संस्थान पहिला नंबर पर आवेलें.


सोनिया के सभा कहाँ करावल जाव

कांग्रेस पार्टी के प्रस्तावित बनारस रैली १९ मई के होखे वाला बा जवना के सोनिया गाँधी संबोधित करीहें. बाकिर जहवाँ सभा प्रस्तावित बा ऊ जगहा दिल्ली से आइल स्पेशल प्रोटेक्शन ग्रुप के सही नइखे लागत. अब दोसर जगहा तय करे में कांग्रसी नेता हलकान बाड़े. ओह लोग के बुझात नइखे कि कवना जगहा सोनिया के सभा करावल जाव.


सदानंद सिंह पर गलत बहाली करे के मुकदमा

बारहवीं विधानसभा में विधानसभा अध्यक्ष रहल सदानंद सिंह, जे आजुकाल्ह कांग्रेस विधायक दल के नेता बाड़न, पर गलत तरीका से लिपिकन के बहाली करे के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. एह मामिला के आरोपियन में ओह घरी सचिव रहल झौरी प्रसाद पाल समेत बयालीस गो लोकसेवक शामिल बाड़े. राज्य सतर्कता आयोग के मिलल शिकायत का बाद भइल जाँच में ई लोग दोषी पावल गइल बा. ओने कांग्रेस प्रवक्ता विनोद शर्मा के कहनाम बा कि सबकुछ राजनीतिक कारण से पार्टी के छवि खराब करे खातिर कइल जा रहल बा. जबकि एह मामिला के पटना हाई कोर्ट तब निरस्त कर दिहले रहुवे आ नियुक्तियन के वैध ठहरवले रहुवे.


एनडी तिवारी आपन खून के नमूना पहली जून के दीहे

उत्तर प्रदेश आ उत्तराखंड के मुख्यमंत्री रहल नारायण दत्त तिवारी अगिला एक तारीख के आपन खून के नमूना अदालत का लैब में दीहें. उनुकर खून के नमूना से उनुकर डीएनए जाँच होखी जवना से तय हो सकी कि उनकर नाजायज बेटा होखे के दावा करे वाला रोहित शेखर सही बाड़े कि गलत. रोहित शेखर आ उनुकर महतारियो अपना अपना खून के नमूना दीहें. जाँच के सगरी खरचा रोहित शेखर के उठावे के बा. ढेर दिन ना भइल जब राज्यपाल पद पर रहत घरी तीन तीन गो औरतन का साथे आपत्तिजनक हालत में पकड़ाइल नारायण दत्त तिवारी के इस्तीफा देबे के पड़ल रहे. जब एह उमिर में उनकर ई हाल बा त उनुका जवानी में पता ना कतना गुल खिलवले होखीहें.


आयटम नंबर के बुखार हिन्दी सिनेमा पर चढ़ले जात बा

भोजपुरी सिनेमा त बिना आयटम नंबर डलले बनबे ना करऽ सँ बाकिर अब हिन्दीओ सिनेमा में आयटम नंबर के बोखार चढ़ल जात बा. हालत इहाँ तक हो गइल बा कि मिस्टर परफेक्सनिस्ट कहाये वाला आमिर खान तक एह आयटम का पाछा पड़ल बाड़े. आमिर अपना फिल्म दिल्ली बेली खातिर अइसन आयटम गर्ल के तलाश में बाड़े जे आयटम त धाँसू करबे करे ऊ सिनेमा के सुपरहिट अभिनेत्रियो होखो. मुन्नी बदनाम होखे त हो जाव, शीला के जवानी आग लगा देव कवनो फिकिर ना आयटम नंबर के जलवा चलत रहे के चाहीं. भोजपुरी सिनेमा के फूहड़पन के आलोचना करे वाला लोग हिन्दी सिनेमा के एह दौर पर का राय राखत बा जानल फायदेमंद रही.


भारत आ पकिस्तान के मुकाबिला आजु

पिछला दू बार से अजलान शाह हॉकी चैम्पियन रहल भारत के मुकाबिला आजु पाकिस्तान से होखे जा रहल बा. भारत के चैंपियन बने खातिर आपन अगिला दुनु मुकाबिला जीत के पड़ी. अबले भइल मैचन में भारत ब्रिटेन आ मलेशिया के हरवले बा, दक्षिण कोरिया से हारल बा, आ आस्ट्रेलिया का साथे बरोबरी पर छूटल बा. पाकिस्तान आस्ट्रेलिया आ ब्रिटेन से हार चुकल बा आ दु गो मैच हारल बा.

0 Comments