खबर एक नजर में (12 मई 2011)

राहुल गाँधी के धरना गिरफ्तारी आ रिहाई

कांग्रेस के युवा नेता राहुल गाँधी काल्हु सगरी नियम कानूनन के धता बतावत नोएडा का किसान आन्दोलन वाला गाँव भट्टा परसौना चहुँप गइले. एस पी जी सुरक्षा में रहे वाला राहुल गाँधी के आवे के कवनो सूचना ना दिहल रहे प्रशासन के बाकिर ऊ आराम से मोटरसाइकिल आ फेर बाद में पैदल टहलत भट्टा परसौना गाँव चहुँप गइले. जवना आराम से उनुका के आवे दिहल गइल तवना से इहे लागल कि मिली भगत के खेल ह. थोड़ही देर में दिग्विजयो सिंह चहुँप गइले राहुल के सहारा देबे खातिर. एही बीच अमरो सिंह ओहिजा अइलन कि राहुल से भेंट हो जाव बाकिर राहुल उनुका से भेंट ना कइलन आ अमर सिंह वापिस लवटि गइलन. दिन भर धरना के बाद देर रात में पुलिस राहुल गाँधी के गिरफ्तार कर लिहलसि आ बाद में उनुका के दिल्ली चहुँपा दिहल गइल. किसानन के फायदा होखो भा ना राहुल के छवि जरुर निखर गइल आ यूपी में मायावती के असली विरोधी दल वालन के नुकसान हो गइल.


योजना आयोग अब एगो देशद्रोही से सलाह ली

एगो अदालत से देशद्रोही घोषित आ सजायाफ्ता डा॰ विनायक सेन आजुकाल्हु सुप्रीम कोर्ट का आदेश पर जमानत पर छूटल बाड़े. अब केन्द्र सरकार के कोशिश बा कि भाजपा के असहज करे खातिर विनायक सेन जइसन लोग के बढ़ावा दिहल जाव. से एह देशद्रोही विनायक सेन के योजना आयोग के स्वास्थ्य विषयक प्रभाग में सलाहकार बहाल कर दिहल गइल बा.


अमर सिंह के टेप सार्वजनिक होखी

काल्हु सुप्रीम कोर्ट अमर सिंह के याचिका निरस्त कर दिहलसि आ कह दिहलसि कि उनुकर टेप कइल गइल बातचीत सार्वजनिक कइल जा सकेला. अमर सिंह चाहसु त ऊ टेप करे वाली संचार कंपनी पर मुकदमा दायर कर सकेले. अदालत के इहो शिकायत रहल कि अमर सिंह बहुत कुछ बात साफ ना बतवले आ छुपवले रह गइलन. एह बातचीत में अमर सिंह के मुंबई के कुछ अभिनेत्रियन से भइल बातचीतो शामिल बा जवना में दुनु टाँग का बीच के औजार के जिक्र बा. अउरियो बहुत कुछ धीरे धीरे सामने आ सकेला. देखल जाव कि खुदे अपना के दलाल राजनेता के उपाधि देबे वाला अमर सिंह अब कवन पैंतरा कसत बाड़न.


बिहार पंचायत चुनाव

आजु बिहार में पंचायत चुनाव के आठवां दौर के मतदान करावल जा रहल बा. अंठावन प्रखंड के आठ सौ सत्तावन ग्राम पंचायतन खातिर आजु वोट डालल जा रहल बा. आजुवे जहानाबाद, किशनगंज, आ शेखपुरा में वोट के गिनिती करावल जा रहल बा.


अजलान शाह हॉकी टूर्नामेंट में भारत के हार

काल्हु भइल मैच में भारत पाकिस्तान से तीन एक से हार गइल आ एकरा साथ ही फाइनल में चहुँपे के मौको खतम हो गइल. पिछला दू बेर से भारत एह टूर्नामेंट में चैपियन बनल आवत रहुवे. पाँच गो मैच से अबले पाकिस्तान के नौ अंक आ भारत के सात अंक मिलल बा. भारत के आजु न्यूजीलैण्ड से मुकाबिला बा. काल्हुवे का दोसरा मैचन में न्यूजीलैण्ड मलेशिया के हरा दिहलसि आ आस्ट्रेलिया दक्षिण कोरिया के.

0 Comments