खबर एक नजर में (28 अप्रेल 2011)

उत्तर प्रदेश में धरना प्रदर्शन खातिर सरकार से पूछे के पड़ी
काल्हु यूपी सरकार एगो शासनादेश जारी कर दिहलसि जवना में कहल गइल बा कि धरना प्रदर्शन आन्दोलन करे का एक हफ्ता पहिले पुलिस का लगे आवेदन दे के अनुमति लेबे के पड़ी. अगर ओह धरना प्रदर्शन भा आन्दोलन में भीड़ बेकाबू होखत बा त आयोजकन के जिम्मेदार ठहरावल जाई आ संपत्ति के नुकसान के भरपाई राजस्व वसूली का तरह कइल जाई. धरना प्रदर्शन आन्दोलन के जगह डीएम तय करीहें. खास बात ई बा कि एक मई के लखनऊ में अन्ना हजारे के कार्यक्रम बा. सरकार के कहना बा कि सुप्रीम कोर्ट का आदेश का चलते अइसन व्यवस्था पहिलही से लागू बा, अब बस ओकर के कड़ाई से पालन होखी.


धनबाद में कर्फ्यू
चोरी आ उपर से सीनाजोरी करे में माहिर धनबाद के केन्दुआडीह पुलिस थाना इलाका के मटकोरिया के लोग अतिक्रमण हटावे वाला दस्ता पर हमला बोल दिहल जवना चलते पुलिस के गोली चलावे के पड़ गइल. एह में तीन जने के मौत हो गइल आ बाइस जने घवाहिल हो गइलन. पुलिस पूरा शहर में अनिश्चित काल के कर्फ्यू लगा दिहले बिया.


तिसरका चरण के मतदान
काल्हु भइल बिहार पंचायत चुनाव के तिसरा चरण के चुनाव छिटपुट घटना का साथ पूरा हो गइल. किशनगंज से चौहत्तर फीसदी मतदान के खबर बा. वैशाली का लालगंज में पुलिस के दु जगहा गोली चलावे के पड़ल. बेगुसराय में पेट्रोलिंग मजिस्ट्रेट अविनाश कुमार सिन्हा के नशा में हालत में रहला का चलते चुनाव ड्यूटी से हटा दिहल गइल. भोजपुर के चरपोखरी में एगो मतदान कर्मी के दिल का दौरा से मौत हो गइल. काल्हु दिन भर में आठ सौ सत्तासी लोग के गिरफ्तार कइल गइल.


पूर्वी चंपारण में दूगो अपराधियन के हत्या
डमरिया थाना के सरोत्तर पुरैना गाँव में डा॰ राजेश से रंगदारी माँगे चहुँपल पंकज सिंह आ ओकरा साथ के एगो आदमी के गाँव के लोग पीट पीट के मुआ दिहल. पंकज कल्याणपुर के सिसवापटना के रहे वाला रहुवे. ऊ डा॰ राजेश से रंगदारी मँगले रहुवे आ काल्हु उहे रंगदारी वसूले चहुँपल रहे. ओकरा के देखते डाक्टर आ कम्पाउन्डर हल्ला मचा दिहले जवना का बाद गाँव वाले दुनु के घेर लिहलन आ पीट के मुआ दिहलन. मौका पर से एगो कार्बाइन आ मोटरसाइकिल बरामद भइल बा.


एक दर्जन महाविद्यालय शिक्षकन पर प्राथमिकी
छपरा जेपी विश्वविद्यालय के अंतर्गत पड़े वाला रामजयपाल कॉलेज के एक दर्जन शिक्षकन का खिलाफ काल्हु प्राथमिकी दर्ज करा दिहल गइल. ई लोग चुनाव कार्य में शामिल होखे वाला आदेश लेबे से इन्कार कर दिहले रहुवे. एही चलते छपरा के जिलाधिकारी सह जिला निर्वाचन अधिकारी एह लोग पर प्राथमिकि दर्ज करा दिहले.


बगल का जिला से हटावे के फैसला सही
इलाहाबाद उच्च न्यायालय सरकार के ओह आदेश के सही ठहरवले बा जवना में ओह पुलिस कर्मियन के तबादला कइल रहे जे अपना गृहजनपद का बगल वाला जनपद में बहाल रहे. अब ओह लोग के वइसना जनपद में जाये के पड़ी जवना के सीमा ओह लोग के गृहजनपद से ना सटत होखे. एह आदेश का खिलाफ दायर अपील खारिज कर दिहल गइल.


बलिया में मिड डे मिल से छियालिस छात्र बीमार
काल्हु बलिया के बेरुआरबारी के कैथवली विद्यालय के छात्र सरकार का तरफ से मिले वाला दुपहर के खाना, मिड डे मिल, खा के बीमार पड़ गइले. खाना में मरल छिपकिली मिलला का बादे छियालिस गो छात्र ओकाए लगलन आ पेट खराब के शिकायत कइलन जवना का बाद सगरी बचवन के अस्पताल भेजल गइल जहाँ जाँच का बाद सगरी छात्र स्वस्थ पावल गइले.

0 Comments