खरकट न्यूज में चहुँपलन पवन सिंह

लोकप्रिय भोजपुरी टीवी चैनल महुआ के एगो अलगे अन्दाज में खबर परोसे वाला शो खरकट न्यूज में आजु साँझ साढ़े छह बजे भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार पवन सिंह के तेजतर्रार रिपोर्टर कुमार लैला से भइल बातचीत देखावल जाई. एह मसालेदार बातचीत में पवन सिंह अपना जिनिगी के कई गो खासमखास राज खोलीहें. संगही संगे इहो बतइहें कि १० पइसा का लालच कइसे उनुका के गायक बना दिहलसि.

आजु का शो का दौरान पवन सिंह कई गो कॉमेडिओ कर देखइहें आ अपना फिलिमन के गाना त गइबे करीहें. मस्ती हा हँसी खुशी से भरल एह शो खरकट न्यूज में उनुका से पहिले मनोज तिवारी आ गोपाल राय जइसन मशहूर हस्ती नजर आ चुकल बा लोग. खरकट न्यूज के निर्देशक अमित श्रीवास्तब आ निर्माता अभिषेक आ अजय तिवारी हउवन.


स्रोत प्रशान्त निशान्त

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..