खराब रिजल्ट पर विद्यार्थियन के हंगामा

रुड़की कॉलेज आफ टैक्नोलोजी के विद्यार्थी दूसरका आ चउथका सेमेस्टर के खराब रिजल्ट से नाराज हो के कॉलेज कार्यालय पर बवाल कर दिहलें. विद्यार्थियन के कहना बा कि अध्यापकन के आपसी विवाद का चलते परीक्षार्थियन के सेशनल काट लिहल जात बा आ आचरणो के नंबर में से बीस नंबर काट लिहल जात बा जवना से परिणाम खराब आवत बा.

विद्यार्थियन के कहना बा कि अगर सही कार्रवाई ना भइल त काल्हुओ हंगामा करब स. विद्यार्थियन के सगरी खीस कॉलेज प्रबन्धन पर बा.

आज के हंगामा में प्राचार्य कार्यालय के संपति के नुकसान चहुँपवले बाड़न विद्यार्थी.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..