सिवान चाँप ढाला पर बस आ ट्रेन के टक्कर
-

बुध का दिने सिवान चाँप ढाला पर सिवान के मार्वल इंजीनियरिंग कॉलेज के बस आ काठगोदाम एक्सप्रेस में टक्कर से कम से कम सात जने के मौत ओहिजे हो गइल जबकि कम से कम तेरह आदमी के अस्पताल में गंभीर हालत में भरती करावल गइल बा.

जब टक्कर भइल तब ढाला खुलल रहुवे. दुर्घटना का बाद खिसिआइल लोग ट्रेन के इंजन में आग लगा दिहल.

रेलवे का तरफ से मरे वाला लोग के परिवार के पाँच पाँच लाख रुपिया मुआविजा के एलान भइल बा. बिहारो सरकार का ओर से डेढ़ डेढ़ लाख मुआविजा दिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..