खलनायक बिपिन सिंह पाजीटिव किरदार में

देखल गइल बा कि बिपिन सिंह हमेशा कुछ ना कुछ नया करत रहेले. एही खूबी के चलते बिपिन सिंह फिलिम “प्रतिघात” में खलनायकी न करत एगो सकारात्मक किरदार कर दिहलें. दर्शको बिपिन सिंह के पाजीटिव किरदार में देखल चाहत रहेलें, आ बिपिनो सिंह अइसन किरदार कर के बहुते उत्साहित लउकलें.

एह नारी प्रधान फिलिम के नायिका अक्षरा सिंह हई. बिपिन सिंह एगो इमानदार इंस्पेक्टर के भूमिका कइले बाड़न. फिल्म अनुभव मोशन पिक्चर के बैनर में बनत बा. निर्देशक हउवन आनंद डी॰ गहतराज आ लेखक मनोज पाण्डेय.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..