खाली शिक्षकन के पद जल्दिए भरल जाई कहलन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव

बुध का दिने विधानसभा में एगो सवाल का लिखित जबाब में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि राज्य में खाली पड़ल प्रवक्ता आ प्रशिक्षित स्नातक शिक्षकन के खाली पड़ल पद जल्दिए भरल जाई. कहलन कि १४७९ स्नातक शिक्षक आ ३९३ प्रवक्ता पद के रिक्ति विज्ञापित कइल जा चुकल बा आ ८२ गो प्रवक्ता आ ४२१ गो स्नातक शिक्षकन के पद अउरी विज्ञापित होखे वाला बा. एकरा खातिर चयन बोर्ड जल्दिए विज्ञापन दी.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।