खेसारीलाल के नायिका बनली मोनिका सिंह
-

monika-singhसिनेमा भोजपुरी के हॉट नायिका मोनिका सिंह अब चर्चित स्टार खेसारीलाल यादव के नायिका बनल नजर अइहें. फिलिम होखी चर्चित फिल्मकार अनिल सिनकर के जिनकर फिल्म ‘गजब सीटी मारे सईंया पिछवारे’ में मोनिका सिंह नायिका रहली. अबही एह नइकी फिलिम के नाम नइखे धराइल आ एकरा के ‘प्रोडक्शन नम्बर टू’ कहल जात बा. फिलिम के बैनर बावे श्री पद्मावती पिक्चर्स एण्ड इंटरटेनमेंट्स के आ प्रस्तुतकर्ता बाड़ी कविता अनिल सिनकर.

मोनिका के जोड़ी फिलिम एलान बा में मनोज तिवारी संगे जमल रहे त ‘खून के इल्जाम’ में पवन सि्ह संगे. हालही में मोनिका ‘सईंया अरब गईले ना’ के शूटिंग जौनपुर में पूरा कर के आइल बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

1 Comment

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts