गब्बर दीदी का रोल में अनारा गुप्ता

भोजपुरी फिल्म “राम लखन” में अनारा गुप्ता ढाबा चलावे वाली बिजली के किरदार में बाड़ी. अगर खाना खइला का बाद केहू पइसा देबे से इन्कार करेला त ओकरा के खटिया से बान्ह के तबले बेल्ट से पीटेली जबले ऊ पूरा दाम ना दे देव. अनारा के एह फिल्म में शोले के बसंती वाला लुक दिहल गइल बा. एकाध सीन में उनुका के बीड़ी पियतो देखावल गइल बा. निर्माता राजकुमार दायमा आ निर्देशक इकबाल बख्श के एह फिल्म में लखन का किरदार में सुशील सिंह आ राम का किरदार में नवोदित अभिनेता सोम यादव बाड़े.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment