‘गरदा’ बिहारो में गरदा मचवलसि
-

Garda-Poster
चेन्नई में रिलीज हो के ‘गरदा’ फ़िलिम इतिहास रचलसि आ अब बिहारो में गरदा मचा दिहलसि.

पिछला 28 मार्च के बिहार के पैंतीस गो सिनेमाघर में ‘गरदा’ रिलीज भइल त अइसन ओपनिंग बटोरलसि जवन आजु का तारीख में बड़का स्टारो लोग नंइखे बटोर पावत. मजे के बाति त इ भइल कि जब निर्माता श्रवण कुमार खुद दरभंगा के सिनेमाघर के मुवायना करे गइलन त भीतर जाए खातिर आधा घंटा ले इन्तजात करे पड़ल. कुछेक सिनेमाहाल में मल्टीस्टारर फ़िल्म देवरा भईल दीवाना आ चरणों की सौगंध उतार के एह ‘गरदा’ के लगावल गइल.

एस एस फिल्म फैक्ट्री के परोसल आ एस के फिल्मस (चेन्नई) के बैनर तरे बनल एह फिलिम के लेखक निर्देशक पराग पाटिल, निर्माता श्रवण कुमार एच आ कार्यकारी निर्माता रमेश चन्द्र शर्मा हउवें

मुख्य भूमिकन ऐक्शन किंग विराज भट्ट अउर हॉट केक अंजना सिंह का= साथे बालेश्वर सिंह, हैप्पी, धर्मेन्द्र सिंह, पूनम दूबे, प्रिया शर्मा, राम मिश्रा, सी .पी . भट्ट, राजकपूर शाही, दीपक भाटिया, साहिल शेख, वैभव राय, संजय वर्मा, कृष्णदेव राणा, इंद्रसेन यादव, सीमा सिंह, नेहा तिवारी,हार संजू चौहान, वारिस शाह, मनोज श्रीवास्तव वगैरह बाड़ें.

निर्माता श्रवण कुमार कहले कि ‘आज गरदा अच्छा कमाई करत बिया आ एकरा ला हम पूरा टीम के धन्यवाद देत बानी. साथ ही एस एस फ़िल्म फैक्टरी आ एकर संचालिका शाहजहान शेख के आभारी बानी जिनका से जुड़ल हमरा ला सगुनिया साबित भइल बा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts