गलत संस्कारन पर सवाल उठावत ‘ई कईसन प्रथा’
-

Prathaभोजपुरी फिलिम ‘ई कईसन प्रथा’ वाकई सभे केहू के सोचे पर मजबूर कर दी कि हमनी का अपना गँवई समाज के कवना ओर ले जात बानी. उ गाँव जहँवा कबो खुशी आ ग़म मिलके बांटल जात रहुवे आज सभे अपनो से बेगाना होखल जात बा. ‘ई कईसन प्रथा’ भोजपुरी सिनेमा के संस्कार मानत बाड़े निर्देशक निहाल सिंह आ निर्माता दिलीप वर्मा.

एह फिलिम में एक्शन स्टार विराज भट्ट, नंबर वन नायिका रिंकू घोष, आ खलनायक बृजेश त्रिपाठी का संगे मेहनाज श्राफ, संजय वर्मा आ मधु मिश्रा खास बाड़े. नायिका बतावत बाड़ी कि एह फिलिम में समाज के जवना गलत प्रथा के पर्दाफाश भइल बा उ सभकर रोंआ खड़ा करा दी. वाराणसी आ जौनपुर में फिलिमावल गइल एह फिलिम के हर गाना बढ़िया बा. कहानी अइसन कि लोग पूछे लागी कि साचहूं अइसन होला का कहीं?

वर्मा फिल्म्स इंटरटेनमेंट्स के बैनर में बनत एह फिलिम के सह-निर्माता पवन कुमार वर्मा आ विजय कुमार वर्मा, कार्यकारी निर्माता मानकेश्वर तिवारी, राज कुमार अग्रवाल आ अजय तिवारी हउवें. लेखन, निर्देशन आ नृत्य निदेशन के जिम्मेदारी निहाल सिंह के बा. पटकथा लिखले बाड़न केशव राठौर. गीतकार आतिश जौनपुरी अउर रुस्तम घायल आ संगीतकार हउवें एन.के. नंदन. फाइट मास्टर दर्शन, कैमरामैन अशोक चक्रवर्ती, आ कला निर्देशक मनीष गुप्ता हउवें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts