गाँवे-गाँव सचिवालय आ जिले-जिला मेडिकल कॉलेज

(टटका खबर, शुक, आषाढ़ अँजोरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी)

उत्तर प्रदेश के देश के नंबर वन प्रदेश बनावे में लागल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सरकार हर गाँव में पंचायत सचिवालय बनावे आ हर जिला में मेडिकल कॉलेज खोले के फैसला कइले बिया. हर पंचायत सचिवालय में दू आदमी के रोजगारो दीहल जाई. एक आदमी पंचायत सहायक होखी आ दुसरका अकाउँटेंट सह डाटा इंट्री आपरेटर. एह तरह प्रदेश के 58 हजार 189 ग्राम पंचायतन में बने वाला एह सचिवालयन से करीब सवा लाख नवहियन के नौकरिओ मिल जाई. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 30 जुलाई का दिने उत्तर प्रदेश के नौ गो नया शुरु भइल मेडिकल कॉलेजन के लोकार्पण करिहें. मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि हर जिला में एगो मेडिकल कॉलेज बनावे के शुरुआत एह नौ गो नयका मेडिकल कॉलेजन से हो रहल बा आ गँवे-गँवे हर जिला में मेडिकल कॉलेज चला के लोग के चिकित्सा व्यवस्था सुधार दीहल जाई. एह नौ गो मेडिकल कॉलेजन के मिला के अब प्रदेश में 48 गो मेडिकल कॉलेज हो जइहें सँ

देश के विरोधी गोलन के गिरोह गाँठ बान्ह लिहले बा कि संसद के कवनो ना कवनो बहाने चले ना दीहल जाई आ रोजे बवाल काटल जाई. काल्हु तिसरको दिने संसद के काम काज ठीक से ना चल सकल. सांसदन के लफंगई के नमूना पेश करत एगो तृणमूलिया सांसद राज्य सभा में पेगासस जासूसी मामिला पर बयान देत सूचना अउर प्रौद्योगिकी मंत्री अश्विनी वैष्णव का हाथ से कागज छीन लिहलसि आ ओकरा के फाड़ के हवा में लहरा दिहलसि. हालांकि रक्षा राज्य मंत्री अजय भट्ट काल्हु राज्यसभा में आवश्यक रक्षा सेवा विधेयक, 2021 आ केन्द्रीय पोत परिवहन अउर जलमार्ग मंत्री सर्वानंद सोनावाल अंतरदेशीय जलयान विधेयक, 2021 पेश कइलें.

पंजाब के मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिंदर सिंह अब आपन औकात जान लिहले बाड़न आ आजु शुक का दिने प्रदेश अध्यक्ष नवजोत सिंह सिद्धू के पदभार ग्रहण समारोह में शामिल होखे अइहें. जाने जोग बा कि उनुका के सिद्धु का तरफ से नेवता नइखे मिलल. पांच गो कांग्रेसी नेता काल्हु उनुका के 57 गो विधायकन आ पंजाब यूथ कांग्रेस के प्रधान बरिंदर सिंह ढिल्लों के तरफ से भेजल गइल नेवता दिहलें जवना के अमरिंदर सिंह सकार लिहलें. पहिले उनुका तरफ से कहल जात रहुवे कि जबले सिद्धू उनुका से माफी ना मँगिहें तब ले ऊ सिद्धू से बात ना करीहें. बाकिर अब जब सिद्धू देखा दिहलन कि उनुका साथे विधायकन के बहुमत बावे त मजबूरन कैप्टेन समर्पण क दिहले बाड़न.

बाबाजी लोग के वोट चाहीं बाकिर नाम इस्तेमाल ना करिहें मायावती. अब बसपा के ब्राह्मण सम्मेलन के नाम प्रबुद्ध वर्ग संवाद सुरक्षा सम्‍मान विचार गोष्‍ठी रही आ एकर शुरुआत आजु 23 जुलाई से अयोध्‍या से होखे जा रहल बा. एह निमित्त अयोध्या आवे वाला बसपा महासचिव अउर राज्‍यसभा सांसद सतीश मिश्रा सबेरे हनुमान गढ़ी जा के बजरंगबली के दर्शन-पूजन करीहें आ ओकरा बाद रामजन्म भूमि जाके प्रभु श्री रामलला के आशीर्वाद लीहें. अयोध्या का बाद 24 आ 25 जुलाई के अंबेडकरनगर, 26 के प्रयागराज, 27 के कौशांबी, 28 के प्रतापगढ़ आ 29 तारीख के सुल्तानपुर में अइसने सम्मेलन आयोजित करी बसपा. जाने जोग बा कि एही बसपा का तऱफ से एक जमाना में नारा दिहल गइल रहुवे – तिलक तराजू और तलवार इनके मारो जूते चार. अब ओही जूतन के अपना कपार पर राखत तिलक तराजू और तलवार एह सम्मेलनन में शामिल होखिहें.

बिहार के सारण जिला के मढौरा इलाका के बहुआरा गाँव से आतंकियन के हथियार चहुँपावे वाला अरमान के काल्हु बियफे का दिने एनआईए अउर एटीएस के टीम गिरफ्तार क के ले गइल. पहिले केहू के एकर हवा ना लागल रहुवे आ जब गिरफ्तारी हो गइल तब सब के पता लागल कि आतंकियन के पहुँच अब दूर दूर ले हो गइल बा. अरमान अंसारी पर आरोप बा कि ऊ हथियारन के खेप ले के छपरा से कश्मीर गइल रहुवे आ आतंकियन के चहुँपवले रहुवे. एह काम ला ओकरा के एक लाख रुपिया मिलहूं के बात सामने आइल बा. अरमान से ई काम ओकर पड़ोसी जावेद करवले रहुवे. जावेद एह घरी जेल में बंद बा.

0 Comments