गाजीपुर में सड़क हादसा में एगो लड़िका के मौत पचास जने घवाहिल

गाजीपुर जिला के बंजारीपुर गांव का लगे के बुध का दिने एगो बस बेकाबू हो के पलट गइल जवना चलते एगो लड़िका के मौत हो गइल आ पचास गो सवारी घवाहिल हो गइले. बस कासिमाबाद से गाजीपुर जात रहुवे जब सड़क किनारे एगो आदमी के बचावे का फेर में बस ड्राइवर का बेकाबू हो गइल आ बगल के एगो गाछ से टकरा के पलट गइल. अगल बगल के लोग दउड़ के बस में से सवारियन के निकालल. घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..