"गुलाम" का गिरफ्त में पायल सेठ
-

अभिनेत्री पायल सेठ के कारनामा अजीबो-गरीब बा. कबो “जंजीर” में जकड़ा जाली त कबो केहू के “क ख ग” पढ़ावे लागेली. आ अब त खुदे “गुलाम” का शिकंजा में कैद हो गइल बाड़ी. जी हाँ, पायल सेठ लगातार एक के बाद एक अनेके फिलिमन के शूटिंग करत जात बाड़ी जवनन के नाम अबही गिनावल गइल.

पायल सेठ विराज भट्ट, मोनालिसा, आ प्रमोद तिवारी अभिनीत फिल्म ” जंजीर” क शूटिंग ख़तम कइला का तुरते बाद इ इस्क्वायर बैनर आ निर्माता विशाल तिवारी क फिल्म “क ख ग” में विराज भट्ट के साथ शूटिंग कइली. आ अब निर्माता शम्भू पाण्डेय के फिल्म “गुलाम” में नायक शमीम खान का संगे शूटिंग करत बाड़ी. एकरा अलावे ऊ एगो उड़ियो फिलिम के शूटिंग करत बाड़ी.

पायल सेठ कहेली कि एह तीनो फिलिमन के बहते बढ़िया से बनावल गइल बा. उनकर किरदार “जंजीर” में चुलबुली, नटखट आ अल्हड़ लड़िकी के बा त “क ख ग” में प्यार हासिल करे का कोशिश में लेडी डान के. “गुलाम” में उनुका के एगो अलगे अंदाज में पेश कइल गइल बा.

पायल सेठ के दोसर आवे वाली फिलिम बाड़ी स – पटना वाली दुल्हन, बंधन मुक्त आ महतो जी का दलान. एकरा अलावे ऊ हिंदी फिल्म “शादी के लिए लोन” आ “बेवफाई” में बाड़ी..


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts