गृहमंत्री शिन्दे से भोजपुरी प्रतिनिधिमंडल भेंट कइलसि

भोजपुरी के संविधान के आठवीं अनुसूची में जगहा दिआवे खातिर सांसद जगदम्बिका पाल आ विभोस के राष्ट्रीय अध्यक्ष अजीत दुबे के अगुवाई में एगो प्रतिनिधिमंडल गृहमंत्री सुशील कुमार शिन्दे से पिछला २१ सितम्बर का दिने भेंट कर के आपन ज्ञापन दिहलसि. शिन्दे कहलन कि प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आ यूपीए अध्यक्षा सोनिया गांधीओ एह मुद्दा पर गंभीर बा लोग आ संसद के अगिला सत्र में एकर विधेयक पेश कइल जाई.

एह प्रतिनिधिमंडल में भोजपुरी समाज दिल्ली के वरिष्ठ उपाध्यक्ष प्रभुनाथ पाण्डेय, पत्रिका संडे इंडियन के भोजपुरी व हिंदी के संपादक ओंकारेश्वर पाण्डेय, पूर्वांचल एकता मंच के अध्यक्ष शिवाजी सिंह, पूर्वांचल जनहित मोर्चा के अध्यक्ष श्रीकांत यादव समेत उत्तर प्रदेश आ बिहार के अनेके भोजपुरी संस्थन के पदाधिकारी शामिल रहलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..