गोपालगंज में तीन जने के मौत

गोपालगंज जिला के मीरगंज इलाका में काल्हु अतवार का दिने एगो बारात से लवटत गाड़ी के टक्कर बस से हो गइल. हथुआ थाना क्षेत्र के पेउली गांव से यूपी के देवरिया गइल बारात से लवटत घरी 14 लोग एके बोलेरो में सवार हो के घरे सवटत रहल जब हथुआ-कुसौदी रोड प सेमराव गांव का नियरा सामने से आवत एगो बस टक्कर हो गइल. एह हादसा में दू जने के मौत हो गइल आ एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.

एगो दोसरा हादसा में जादोपुर इलाका में बाढ़ बचाव काम में लोगल एगो मजदूर पतहरा बंधा प बालू भरल बोरी डालत घरी गंडक नदी में गिर गइल आ डूबला से ओकर मौत हो गइल. एह हादसा का बाद ओह काम में लागल ठेकेदार के मुंशी आ बाकी कर्मचारी मौका से फरार हो गइलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..