गोपालगंज में रेलगाड़ी में गैंगरेप का बाद हत्या

गोपालगंज के हथुआ बथुआ रेलखंड पर हाजीपुर बथुआ सवारी गाड़ी में सोमार का रात में एगो जवान औरत से गैंग रेप कर के कुछ बदमाश ओकर गरदन रेत दिहलें स आ लाश के सेलार खुर्द टीसन का पुरवारा गेट का लगे फेंक दिहले सँ. सबेरे लाश मिलला का जानकारी का बाद पुलिस चहुँपल आ लाश बरामद कइलसि. ओह औरत के पहचान अबहीं नइखे हो पावल. लाश के हालात बतावत बा कि ओकरा साथे गैंगरेप भइल होखी बाकिर सगरी खुलासा लाश के पोस्ट मार्टम का बादे हो पाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..