गोविन्द ओझा 'अगम' बनवलें संगीत दुनिया में आपन अलग मुकाम

महुआ टी.वी. के चर्चित शो ‘सुर-संग्राम तृतीय’ आ ‘बिहाने-बिहाने’ के टाईटल गीत के संगीतकार का रूप में चर्चा में आइल संगीतकार गोविन्द ओझा ‘अगम’ संगीत दुनियां में आपन अलग मुकाम बना लिहले बाड़ें आ उनुकर संगीत के जादू सुने वालन के दिल दिमाग में एगो सुरूर पैदा कर देला.

बिहार आ झारखण्ड में हालिया प्रदर्शित फिलिम ‘हमार सैयां दरोगाजी’ के संगीतकार गोविन्द ओझा ‘अगम’ के बहुते सराहल जात बा. ‘टी.सीरीज’ से रिलीज एह फिल्म के संगीत क जादू सुनेवालन पर लगातार पसरल जात बा. एह सफलता के देखत हर निर्माता-निर्देशक के ऊ पहिला पसंद बन गइल बाड़ें.

जल्दिए रिलीज होखे जात ‘प्रेम लगन’ के संगीतो के चर्चा चहुँओर होखत बा. एह फिल्म के संगीत ‘वेब म्यूजिक’ पर जारी भइल बा. एकरे अलावे निर्माता अभय सिन्हा के बनत फिल्म ‘माई तू- महान’ के संगीत में एगो नयापन सुने के मिलेवाला बा. फिलिम ‘मुख्यमंत्री जी’ के संगीतो बढ़िया बनल बतावल हात बा. निर्देशक असलम शेख के निर्देशन के बने जात एगो अउर फिलिमो के संगीत रचे क काम जारी बा.

महुआ टी.वी. के शो रंग-रसिया, भौजी नंबर वन ‘सीजन तृतीय’, नहले पे दहला ‘प्रथम ग्रान्ड फिनाले’, भईल अरग के बेर, मईया आइली मोर अँगना, तीज-त्यौहार, खर-जिउतिया, बसंती बयार, फ़िल्मी गीत प्रोग्राम, भोजपुरी हाई फाई, बैण्ड बाजा, महुआ क्लासिक, महुआ सदाबहार, नान स्टाप, धूम-धडाका, राम राम के बेर, सुनो भाई साधो, पारा गरम, बिजुरिया, मिर्चा लागल वगैरह कार्यक्रमो के संगीत से गोविन्द अगम जुड़ल बाड़ें.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..