घर के ताला तूड़ छह लाख रुपिया के गहना आ नकदी चोरी

वाराणसी जिला के सारनाथ इलाका में सोमार का रात अशोक विहार में पुष्पादेवी नाम के एगो महिला का घर के ताला तूड़ के करीब छह लाख रुपिया के गहना आ पांच हजार रुपिया के नकदी चोरा ले गइले सँ चोर.
पुलिस बतावत बिया कि ऊ अपना बेटी का ससुराल गइल रही. ओहिजा से मंगल का भोरे लवटली त देखली कि घर के ताला टूटल पड़ल बा आ बेटी के शादी ला बनवा के राखल करीब छह लाख रुपिया के गहना आ पांच हजार रुपिया नकदी चोरी हो गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..