घोटालेबाज सुरेश कलमाडी गिरफ्तार
-

राष्ट्रमण्डल खेल के आयोजन में बड़हन घपला घोटाला करे वाला सुरेश कलमाडी के काल्हु गिरफ्तार कर लिहल गइल. सुरेश कलमाडी का साथ दु गो अउरी अधिकारियनो के गिरफ्तार कइल गइल बा. सुरजीतलाल आ ए॰एस॰वी॰ प्रसाद एगो स्विस कंपनी के १४१ करोड़ रुपिया बढ़ल दाम पर घड़ियन के ठेका दिहले रहले. गिरफ्तारी का बाद कलमाडी से पल्ला छाड़त कांग्रेस पार्टी अपना एह सांसद के पार्टी से निकाल दिहलसि. भारतीय ओलम्पिक संघ से सरकार आपन नया अध्यक्ष चुने के कहले बिया. देश के विपक्षी दल राष्ट्रमण्डल खेल घोटाला में दिल्ली के मुख्यमंत्री शीलो दीक्षित के गिरफ्तारी के माँग करत बाड़े. ओने द्रमुक नेता करुणानिधि के बेटीओ टू जी स्पेक्ट्रम मामिला में फँसत बुझात बाड़ी. वइसे भाजपा आरोप लगवले बिया कि कांग्रेस द्रमुक नेता से सौदाबाजी कर के करुणानिधि के पत्नी के एह मामिला में आरोपी नइखे बनवले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts