चइता पर ठुमका लगइहें शक्ति कपूर
-

हिन्दी फिल्मन के जानल-मानल खलनायक आ आजुकाल्हु “बिग बॉस” के घर में कैद शक्ति कपूर अंजनी फिल्मस इंटरटेनमेंट के बैनर तले बने वाला आ निर्माता आर. बी. शर्मा अउर शबनम शेख के भोजपुरी फिल्म ‘‘तुलसी बिन सूना अँगनवां’’ में चइता गाना पर ठुमका लगावल लउकीहें. चइता गावे वाला रहीहें कुमार सानू. गीत अशोक कुमार दीप के आ संगीत प्रेम जी लता जी के. फिल्म में विनय आनंद, मोनालिसा, एस. एम. जहिर, मेहनाज श्राफ, सुनील पाल, समीर शेख, जफर खान, सीमा सिंह अउर राजन मोदी के प्रमुख भूमिका बा. निर्देशन करीहें शैलेश श्रीवास्तव आ छायाकारी जयंतो घोष. कार्यकारी निर्माता हउवें जफर खान, नृत्य निर्देशक अशोक मयंक, ज्ञानसिंह, आ संपादक नकुल प्रसाद.

फिल्म अगिला महीना रिलीज होखे वाली बा.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts