चाराघोटाला के मुजरिम लालू बेटा के शादी में शामिल होखे ला पैरोल मिलल

रांची 09 मई (वार्ता) बिनबाँटल बिहार के बहुचर्चित चारा घोटाला में जेल के सजा काटत मुजरिम आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव अपना बड़का बेटा तेज प्रताप यादव के शादी में अब शामिल हो सकीहें काहें कि पैरोल देबे के उनुकर निहोरा मान लीहल गइल बा.
जेल सूत्र आजु बतवलें कि राजद अध्यक्ष लालू यादव के पैरोल का बारे में जेल अधीक्षक 09 से 14 मई तक पैरोल देबे के सशर्त अनुशंसा कइले रहलें. एकरा बाद पैरोल के दस्तावेज विधि परामर्श खातिर महाधिवक्ता के भेजल गइल, जवना के ऊ सकार लिहलें.
लालू यादव के पांच दिन के पैरोल मिलल बा आ ऊ अब अपना बेटा के बिआह में शामिल हो सकीहें. उनुका के मंगल का राति रिम्स के मेडिकल बोर्डो यात्रा करे जोग मान लिहले रहुवे. छह गो चिकित्सकन की टीम लालू यादव के स्वास्थ्य रिपोर्ट के समीक्षा कइलें आ पवलें कि लालू के सेहत में सुधार मिलल बा.
चारा घोटाला के मुजरिम पटना ट्रेन से जइहें कि फ्लाइट भा सड़क मार्ग से, ई अबहीं साफ नइखे भइल.
लालू यादव के बड़का बेटा तेज प्रताप यादव के बिआह 12 मई के होखे जा रहल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..