चिंटु बन गइलें नायक

Chintuसिनेमा भोजपुरी के नयका सितारा चिंटु अब नायक बन के आवत बाड़ें. देवरा बड़ा सतावेला, ट्रक ड्राईवर, पियवा बड़ा सतावेला, लहरिया लुट ए राजा जी जइसन सुपरहिट फिलिमन में अभिनय का बाद चिंटु अब साईदीप फिल्मस् के बनावल आ सी.पी.आई. मूवीज के प्रस्तुति ‘जीना तेरी गली में’ फिलिम से बतौर नायक परदा पर आवत बाड़ें.

मशहुर निर्माता निदेशक राजकुमार आर. पाण्डेय के एह फिलिम में चिंटु एक्शन आ रोमांस दुनु तरह का भूमिका में लउकीहें. नायिका बाड़ी प्रियंका पाण्डेय. फिलिम के गाना अबहिएं से लोकप्रिय हो गइल बाड़ी सँ.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..