चुनाव से पहिले के रायशुमारी पर रोक लगवावल चाहत बिया कांग्रेस
-

नयी दिल्ली. 03 नवंबर (वार्ता) चुनाव से पहिले होखे वाला रायशुमारियन पर रोक लगावे का मुद्दा पर कांग्रेस आ भाजपा आमने.सामने आ गइळ बाड़ी स.

कांग्रेस एह रायशुमारियन पर रोक लगावे के निर्वाचन आयोग के रुख के सर्मथन कइले बिया त भाजपा एकरा के आपन खाल बचावे के कांग्रसी प्रयास कहले बिया.

कांग्रेस प्रवक्ता राशिद अल्वी कहलन कि उनकर पार्टी आयोग के रवैया से सहमत बिया काहे कि एह तरह के रायशुमारी जनता में भरम फइलावत बाड़ी स आ ओह लोग के गुमराह करत बाड़ी स.

भाजपा के नेता मुख्तार अब्बास नकवी कहलन कि कांग्रेस एह रायशुमारी के रोक के संदेशवाहक के त तबाह कर सकेले बाकिर जनता के संदेश के खतम ना कर सके.

जान जाईं कि हाल के अनेके रायशुमारियन में बतावल गंइल बा कि कांग्रेस मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ आ राजस्थान मे पिछडल बिया आ दिल्लीओ मे पार्टी के हालत खस्ता बतावल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts